Breaking News
IMG 20261008 WA0007

प्रधानी चुनाव पर दो लाइन. बटी मदीरा ,कटी मुर्गा फेर पकी बिरयानी अब नौकरी त मिलत नईखे अब लड़ब परधानी

Ibn news Team DEORIA

दिनेश गुप्ता की क़लम से

IMG 20261008 WA0007

बटी मदीरा ,कटी मुर्गा फेर पकी बिरयानी

अब नौकरी त मिलत नईखे अब लड़ब परधानी।

 

उड़ाईब के बाबू के पईसा जीतब जरूर,अब नईखे कोनो काम

बस एक बार जीत जाई फेर घरे में बा चारों धाम।

 

होखे के चाही आपन लाभ चाहे होखे केहू के हानि

बस एक बार जीत जाए फेर देखा हमार मनमानी।

 

भैया लोग बस वोट दा, फेर बही दारू जईसे बहे पानी

अब नौकरी त मिलत नईखे अब लड़ब परधानी।

 

आज जऊने तोहरे पैर पड़त है उहे खींचके गिराईब

आज कर वाला आपन सेवा फेर अपने दुवारे दऊड़ाईब।

 

जनता के लूट के बनब करौड़ी यही सपना में कटल आधा जवानी

अब नौकरी त मिलत नईखे अब लड़ब परधानी।

About IBN NEWS

Check Also

IMG 20261004 WA0014

देवरिया – एम्बुलेंस दुर्घटना में चार लोगों की मृत्यु पर डीएम व एसपी ने परिजनों से मिलकर जताया शोक, बंधाया ढांढस

Ibn news Team DEORIA दिनेश गुप्ता   देवरिया। पूर्वांचल एक्सप्रेस-वे पर एम्बुलेंस दुर्घटना में चार …