Ibn news Team DEORIA
दिनेश गुप्ता की क़लम से

बटी मदीरा ,कटी मुर्गा फेर पकी बिरयानी
अब नौकरी त मिलत नईखे अब लड़ब परधानी।
उड़ाईब के बाबू के पईसा जीतब जरूर,अब नईखे कोनो काम
बस एक बार जीत जाई फेर घरे में बा चारों धाम।
होखे के चाही आपन लाभ चाहे होखे केहू के हानि
बस एक बार जीत जाए फेर देखा हमार मनमानी।
भैया लोग बस वोट दा, फेर बही दारू जईसे बहे पानी
अब नौकरी त मिलत नईखे अब लड़ब परधानी।
आज जऊने तोहरे पैर पड़त है उहे खींचके गिराईब
आज कर वाला आपन सेवा फेर अपने दुवारे दऊड़ाईब।
जनता के लूट के बनब करौड़ी यही सपना में कटल आधा जवानी
अब नौकरी त मिलत नईखे अब लड़ब परधानी।