Breaking News
IMG 20260911 WA0033

फाटल जिन्स बेटउवा पहिरे बने लल्लनटाप

Ibn news Team DEORIA

दिनेश गुप्ता पत्रकार

IMG 20260911 WA0033

पकुआ खा के दादा जियले,

मडुआ खा के बाप,

बेटवा खाला बर्गर पिज़्ज़ा बने लल्लनटाप !

 

पहिरी लँगोटी दादा जियले,

धोती पहिर के बाप,

फाटल जिन्स बेटउवा पहिरे बने लल्लनटाप !

 

वेद पुराण के दादा पढ़ले,

रामायण के बाप,

मस्तराम के बेटवा पढ़ के करत फिरे पाप !

 

घर बहरी से घूँघट गइल,

भावत नइखे साड़ी,

नयकी बहुरिया जिन्स चढ़ा के घुमें बीच बाज़ारी!

 

दूध दही अब भावत नइखे,

लोग माँगेला दारु,

माई बाप के मान ना बांचल पुज्य भइल मेहरारु !

 

भाई भाई में लउकत नइखे,

भाई जइसन प्यार,

सांझ बिहाने लड़े अखाड़ा बन के हिस्सेदार!

 

सास पतोह के छोह पराइल,

अजब के भइल नाता,

करे लड़ाई सवतिन जइसन राखस लाज विधाता !

 

बर पकड़ी सब बुढ़ हो गइले,

पीपर भइल बेहाल,

गाँव नगर के लोग के लागे तड़कुल तर चौपाल !

 

भरम धरम के कइसे बाँची,

कइसे बाँची रीत,

नाम के आगे व्यास लगाके गावे गंदा गीत !

*रचना -* मेरी कलम से ✍️

About IBN NEWS

Check Also

Screenshot 2026 10 03 19 02 47 36 92460851df6f172a4592fca41cc2d2e6

देवरिया – गांजा बरामदगी मामले में बड़ी कार्रवाई, प्रभारी निरीक्षक खुखुंदू समेत तीन पुलिसकर्मी निलंबित

Ibn news Team DEORIA रिपोर्ट सुभाष यादव देवरिया। थाना खुखुन्दू की हवालात में एनडीपीएस एक्ट …